Tuesday, March 29, 2011

तिलक सबके हरान करता





























शेर: नाच बाजा फैशन वाली शादी बरबाद करे .

लईका लईकी दुनू के घर के नाश करे .
“आशावादी” कहे एलान रउआ सुन लीं .
सामाजोध्हार संघ ई कुपरथा के विनाश करे.


गीत: सामाजोध्हार संघ सगरो एलान करता .
तिलक दान दहेज सबके हरान करता .

कईसन सुंदर चीज ह शादी , तिलक कर देता बर्बादी .
जबरन दान दहेज वसुलाला, पईसा पानी में बह जला .
लईकी वाला के तिलकअ परेशान करता .
तिलक दान दहेज सबके हरान करता .

आदमी केतनो होखे खोटा , शादी रुपिये से तय होता .
तिलक बन गईल बा शान , जाता लईकी सन के जान .
नाच बाजा वाली शदिया नुकसान करता .
तिलक दान दहेज सबके हरान करता .


शदिया के अवसर आवे , लईकी वाला रोवे गावे .
बाकि सब कुछ उ भूल जाला ,लईका वाला जब हो जाला.
उहे लईका के शादी में गुमान करता .
तिलक दान दहेज सबके हरान करता .


“आशावादी” कहे गाई , तनी सोचअ बहिन भाई
घर घर कर तू परचार , तिलक रही न आधार .
कि तिलक बनके शैतान , परेशान करता .
तिलक दान दहेज सबके हरान करता .


श्रीनाथ आशावादी